Sunday, October 27, 2013

ले चल अपना तीर..


ओ रे मांझी
ले चल अपना तीर
जग के घाट पर
बइठल-बइठल
सूखे अंतर नीर

ओ रे मांझी
ले चल अपना तीर...


ना कोई संगी
ना कोई साथी
अब ना रहल कोई मीत
सांस से जीवन
छूटत जाए
जीवन से छूटे धीर

ओ रे मांझी
ले चल अपना तीर...

देह के भार बा
मोह के भार ब
बाटे माया सघन
बोझ सहल ना जाए अब त
माटी भएल शरीर

ओ रे मांझी
ले चल अपना तीर...

                - रवि मिश्रा( 27.10.13)



Sunday, October 13, 2013

मनवा चल तू धीरे-धीरे


घाटे-घाटे 
तीरे-तीरे

मनवा चल तू
धीरे-धीरे...

सहर-गांव में
बन फकीरे

मनवा चल तू 
धीरे-धीरे...

आस रहे
विस्वास रहे

पग -पग पर
उल्लास रहे

बाजे झाल
ताल खंजीरे

 
मनवा चल तू
 
धीरे-धीरे....

भोर भोर में
पोर पोर में

राग रंग में
अंग अंग में

मंद मंद
कुछ मधुर बहे रे

मनवा चल तू 
धीरे-धीरे...

ना सवाल बा
ना जवाब बा

बस खयाल बा
उ कमाल बा

अंगना दुआर आउर
घर के सांझ रे

मनवा चल तू
धीरे-धीरे


                                     -
रवि मिश्रा



न आएल अंजोरिया

बरस-बरस कर दिन बीते
बीते न रात अनहरिया
झुरियाएल अब आंख के पपनी
अमावस के बाद ना आएल अंजोरिया

हार के बाद जीत होएला
प्रेम से ही त प्रीत होएला
हाथ से हाथ बढ़ाव त
जग में हर कोई मीत होएला
कहां बा अइसन संसार
जहां मिले अइसन नीक नजरिया
अमावस के बाद न आएल अंजोरिया

जबतक कोनों आस ना रले
तबतक कंठ में पियास न रले
ना रले कोनों अभिलाषा
निष्प्राण मन में विश्वास न रले
उम्मीद कोनों ना टूटे जहां
कहां मिली हमरा उ दुअरिया
अमावस के बाद न आएला अंजोरिया

 कह द जाके कोई स्वप्न न देखे
टूट जाए अइसन उम्मीद न रखे
देह के मरण त एकबार ही होला
मन के मृत्यु न दुनिया देखे
जुग जुग से बंद बा मन इ कोठरिया
अमावस के बाद न आएला अंजोरिया

                          - रवि मिश्रा( 13.10.2013)










Wednesday, October 2, 2013

फिर से तू आजा....




फिर से सपना कोई दिखा द
फिर से प्यार जता द
सूखल-सूखल डाली पर फिर से
प्रेम के फूल खिला द


फिर आव एक बार सही
कुछ आपन तू मन कह
कुछ हम मन के बात कहीं
फिर से तू जीवन महका द
फिर से हमरा के बहका द
मन के अंगना में फिर से
सुख के एगो दीप जला द


दूर सांझ के बेला देख
भारी-भारी मन हो जाए
अंत के ओर बढ़े सबकुछ
रात के जइसन जीवन हो जाए
फिर से तू चंदा बन के
अंजोरिया में हमरा के नहा द
सांस में जीवन बा हमरा
मन के इ एहसास दिला द

                    - रवि मिश्रा (02.10.2013)